मोह माया


अखिलेश्वर मिश्र

जे भी जनम लेले बा ओकर,

एक दिन गइल तय बा।

तबो ना देखीं मृत्यु से, 

हमनीं में केतना भय बा।।


हर व्यक्ति अपना जीवन में,

रोजे देखे सपना।

ना चाहेला छोड़ के जाईं, 

घर-परिवार के अपना।।


चाहेला दायित्व निभाईं,

घरभर के दीं प्यार।

माई-बाप के सेवा करीं,

बेटा-बेटी होखे होशियार।।


सुंदर सा बंगला हो आपन,

भरल पुरल परिवार।

आमदनी के स्रोत बहुत हो,

बिकसित हो ब्यापार।।


इहे मोह माया जीवन के,

इहे कहाला तृष्णा।

एकरा से छुटकारा खातिर,

जाईं शरण में कृष्णा।।


जे दिन मोह भंग हो जाई,

निर्विकार हो जाई काया।

जीवन-मरण के चिंता हsटी,

रही ना केहू आपन पराया।।

@✍️🙏

Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
सफेद दूब-
Image
आपका जन्म किस गण में हुआ है और आपके पास कौनसी शक्तियां मौजूद हैं
Image
भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के मनीषि बिमलेन्दु पाण्डेय जी के जन्मदिन के बहुते बधाई अउर शुभकामना
Image