केहु राम जानेला केहु....


एकही ईश्वर के रूप ई जहान जानेला
केहु राम जानेला केहु रहमान जानेला


वाहेगुरु, गाॅड, कृष्ण कहेले कान्हाई
अल्ला हू अकबर केहु कहे मन लाई
केहु ईसा नाम चर्चा के महान जानेला
केहु राम जानेला केहु रहमान जानेला


उनुके ही लीला भइया कहीं बात सांचे 
केहु पढ़े गीता आ कुराण केहु बांचे
केहु गुरू ग्रंथ साहिब के बखान जानेला
केहु राम जानेला केहु रहमान जानेला


आदिमी तऽ एकही हऽ सुनीं सभे भाई 
केहु बने मुस्लिम केहु सिक्ख ईसाई
केहु हिन्दू समाज के बेयान जानेला
केहु राम जानेला केहु रहमान जानेला


कहेलें बिजेंदर बात सुनीं सभे भाई
आदिमी आ धरम में ना भेदावा लागाईं
ग्रंथ साबका के एगो इंसान जानेला
केहु राम जानेला केहु रहमान जानेला


बिजेंद्र कुमार तिवारी
 बिजेंदर बाबू
गैरतपुर, मांझी
सारण बिहार
मोबाइल नंबर:-7250299200


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
सफेद दूब-
Image
आपका जन्म किस गण में हुआ है और आपके पास कौनसी शक्तियां मौजूद हैं
Image
भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के मनीषि बिमलेन्दु पाण्डेय जी के जन्मदिन के बहुते बधाई अउर शुभकामना
Image