मन में कपट भरल बा

 



आपन बताके लोगवा,  चाहे करीब रहे,
जेकरा के कहे आपन, चाहे गरीब रहे।
मन में कपट भरल बा, ऊपर से हँस के बोले,
चाहे हमेशा दुःख में,    लसरात रहे ,मरे।।


ओकर स्वभाव अइसन, चाहे ना केहू हँसो,
अंदर से एतना काला, चाहे कि लोग फँसो।
देखे में जेतना सीधा,  अंदर से ओतने टेढ़ा,
चाहे कि लागो फंदा, मौका मिले कि कसो।।


 अखिलेश्वर मिश्रा


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
सफेद दूब-
Image
आपका जन्म किस गण में हुआ है और आपके पास कौनसी शक्तियां मौजूद हैं
Image
भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के मनीषि बिमलेन्दु पाण्डेय जी के जन्मदिन के बहुते बधाई अउर शुभकामना
Image