होली



फाटेला फुटेहरी जइसे अगिया में तं के 

हमार फाटेला करेजा तइसे फागुन में धंधंके 

 

चढ़ते फगुनवा चलता बरजोरी 

केहू लगावत बउए केहू के रोरी 

गदा गदराइल बा मोजराइल मोजर महके, 

हमार.... फाटेला...। 

 

केहू हार आवता आ केहू के टीका 

छूँछ के संसार में हम अइसे रहीं का 

छुअता बेयार हमार अँचरी लपक के, 

हमार.... फाटेला....। 

 

कटहर के चीरते लाग जाला लासा 

लासा जगावे लागे मनवा में आसा 

तरे गुदगुदी होला होला जाला चुपे डँस के, 

हमार....  फाटेला....। 

 

बुझता बात से ऊ धर लेत बा गाड़ी 

ले ले आवत बा ऊ नया नया साड़ी 

तोहार फुटेहरी धइले बानी घी घँस के, 

हमार.... फाटेला.... ।

 

विद्या शंकर विद्यार्थी 


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
सफेद दूब-
Image
आपका जन्म किस गण में हुआ है और आपके पास कौनसी शक्तियां मौजूद हैं
Image
भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के मनीषि बिमलेन्दु पाण्डेय जी के जन्मदिन के बहुते बधाई अउर शुभकामना
Image