# एगो आदमी के गांधी जी सपना में आइल बानी अउर पूछत बानी कि बताव हमरा भारत के का हाल बा। उ आदमी गीत के रूप में गांधी जी से सुनावत बा।
हम देसवा के का बताई हाल गांधी जी।
भारत देसवा भइल जात बा कंगाल गांधी जी।
रउआ सत्य अहिंसा के जवन पाठ पढ़इनी
रउआ जाते नेता लोग उ सबके भूलइनी।
इहवं नेता लोग चलेला नया नया चाल गांधी जी।
भारत .....
बोअत बा लोग नफ़रत के बिआ।
झूठे जरावत बारन मंदिर मस्जिद में दीआ।
रोज रोज होत बा बवाल गांधी जी।
भारत.......
रउआ रही सत्य अहिंसा के पुजारी।
इहवा रोजे होता कहीं ना कहीं बमबारी।
हमनी तड़पत बानी जइसे मछली जाल गांधी जी।
भारत दे.....
इहवा नइखे कवनो चीझ कम।
तबो मनावत बानी हमनी ग़म।
जिनिगी जियल हो गइल बा मोहाल गांधी जी ।
भारत.....
इहवा चलत बा खाली कुर्सी के लड़ाई।
लड़त बारन आपस में हर जगह भाई भाई।
लोग गलावत बा आपन आपन दाल गांधी जी।
भारत.....
खाकी अउर खादी से देश हरान बा।
इ दूनो लोग के कारण जनता परसान।
इन्सान होके पेंहले बा लोग भेड़िया वाला खाल गांधी जी
भारत......
एक बेरि फेर से कवनो विधि आईं।
आके भारत के लाज बचाई।
असलम सागर के बतिया पर करी ख्याल गांधी जी।
भारत देसवा भइल जात बा कंगाल गांधी जी।
*असलम सागर*