ग़ज़ल

 



 


  जब केहू से हिजा-गिला राखीं।
     सामने  अपना  आईना राखीं ।।


     प्रेम केहू से जन करीं अचके ।
  सोझा सब दिन,दशा-दिशा राखीं ।।


    ताली एक हाथ से ना बाजेला ।
    अपनो मन में दुआ-दया राखीं ।।


     रंग भरला के बात बा खाली ।
     पहिले ढ़ाँचा बना-बना राखीं।।


     अबकी जिनगी के बाँध टूटि सब।
     छूँछे  कहिया  ले आसरा राखीं ।।


     आज जौहर गजल के महफिल में ।
     शेर    खाँटी    नया-नया    राखीं ।।


                     (जौहर शफियाबादी)


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
सफेद दूब-
Image
भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के मनीषि बिमलेन्दु पाण्डेय जी के जन्मदिन के बहुते बधाई अउर शुभकामना
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
ठाकुर  की रखैल
Image